Bhajan Name- Ram Ji Ke Kripa Se dukh Dur Ho Gayil bhajan Lyrics ( राम जी के कृपा से दुख दूर हो गइल भजन लिरिक्स )
Bhajan Lyric –
Bhajan Singer -Mahesh Kumar Sonu
Music Label-
राम जी के कृपा से,
दुख दूर हो गइल,
जब से बजरंगी तोहरा से,
भेंट हो गइल।।
बाली के भय से राज,
पाट गइल हाथ से,
जिए के आश मिलल,
कपिराज तोहरे साथ से,
तोहरे कारण रामजी से,
यारी सेट हो गइल,
जबसे बजरँगी तोहरा से,
भेंट हो गइल।।
देवे सद्बुद्धि जब,
रावण के गइले,
अपमानित विभीषण,
रघुवर के शरण अइले,
फिर राजा लंका के बनेके,
फिक्स डेट हो गइल,
जबसे बजरँगी तोहरा से,
भेंट हो गइल।।
बड़ा शक्तिशाली ह ई,
राम जी के भक्ति,
चिर के देखवला सीना,
भक्ति के शक्ति,
जब विभीषण के,
हनुमान जी से डिबेट हो गइल,
तबसे बजरंगी सेवक,
परफेक्ट हो गइल।।
राम जी के कृपा से,
दुख दूर हो गइल,
जब से बजरंगी तोहरा से,
भेंट हो गइल।।